Mohabbat Kar Gail Ankiya Lyrics / मोहब्बत कर गईल अखियां लिरिक्स

मोहब्बत कर गईल  अखिया !!

मोहब्बत कर गईल अखियां ,ना धड़कन के खबर लागल 

ई रूपवा के असर ना ह, पिरितिया कर गईल पागल 

मोहब्बत कर गईल अखियां 

ना धड़कन के खबर लागल .......


कवन जादू चला दिहलूँ  ,भईल बा दिल दीवाना हो

ना खुदव के खबर कैवनो, कहे मजनूँ जमाना हो,जमाना हो

नजर के चोट से नैना, रहेला रात भर जागल 

मोहब्बत कर गईल अखियां 

ना धड़कन के खबर लागल .......


रही तोहरा के देखले जब रहे, कईसन महूँर्त हो

पड़ेला हर घड़ी अब त सनम, तोहरे जरुरत हो,जरुरत हो

करे बेचैन जियरा के,बजे जब पाव में  छागल 

मोहब्बत कर गईल अखियां 

ना धड़कन के खबर लागल .......

-LbMusicEntertainment- 

#Vibhakarpanday,#Bhojpurisong,

#Lbmusicentertainment,,


Post a Comment

0 Comments