याद रखब की बोल भूल जईब
बताव पहुना फेर कहिया ले अईब .....
पहिले पहिले जब मिथिला में अईल
आखिया के रहियां से हियाँ में समईल
अब ना ही हियाँ से निकल तू पईब
बताव पहुना फेर कहिया ले अईब.....
तोहरा के देख के लागल ई हमके
तोहरा से नाता बा जनम जनम के
नाता निभईब की बोल बिसरईब
बताव पहुना फेर कहिया ले अईब.....
LBMUSICENTERTAINMENT.COM
सुनिला की जेकरा से नाता लगावेल
भले ऊँ भुलाई जाए पर तू ना भुलाएँ ल
बिर्दई याद रखब की भूल जईब
बताव पहुना फेर कहिया ले अईब.....
उहे पावे तोहरा के जेकरा चहेला
एक बार कही के कबो ना बिसरावे ल
तब परताप के काहे तरसईब
बताव पहुना फेर कहिया ले अईब.....
याद रखब की बोल भूल जईब
बताव पहुना फेर कहिया ले अईब .....
-LbMusicEntertainment.com-
#rambhajan,,#bhojpuribhajan,,#songlyrics,,
#Lbmusicentertainment &YouTube,,,,
0 Comments