अईसन मनोहर मंगल मूरत
सुहावन सुन्दर सूरत नू हो
ये राजा जी ये राजा जी
ये राजा जी एकरे त रहल ह
जरूरत महुरत खूबसूरत नू हो ..
हमरा जनाता बबुआ जीएम होईहे
ना ना ई त डीएम होईहे हों
ए ललना ए ललना
ए ललना हिन्द के सितारा
ई त सीएम होईहे ओहुसे उपरा
पीएम होईहे हों ..
LBMUSICENTERTAINMENT.COM
होईहे वाईस चांसलर यूनिवर्सिटी के
मेयर लंदन सिटी के नू हों
ए ललना ए ललना
ए ललना होमसिक्रेटरी गवरमेंटी
के त हीरा अपना मिट्टी के नू हों ..
बबुआ हमार महाराज होईहे
राजा और धीराज होईहे हो
ए ललना ए ललना
ए ललना धातु में हीरा पोखराज होईहे
सिरवा के ताज होईहे हों ..
मुनी बाबा अईसन बबुआ ज्ञानी होईहे
राजा जी अईसन दानी होईहे हों
ए ललना ए ललना
ए ललना अखिल भू मण्डल राजधानी होईहन
बापे यस खानदानी होईहन हों ..
LBMUSICENTERTAINMENT.COM
1 Comments
Very good
ReplyDelete