मोहन संग खेलत राधा प्यारी
बरसाने में होली, बरसाने में होली
मोहन संग खेलत राधा प्यारी..
केहू के भीगत पाग पगडिया
केहू के भीगत चोली
मोहन संग खेलत राधा रानी
बरसाने में होली....
केहू चटकत केहू मटकत आवे
केहू जोगीरा भाग सुनावे
बा धूम मचल मधुबन गलियन में
जुटल गोपियन के टोली
मोहन संग खेलत राधा प्यारी
बरसाने में होली......
राधा गोरी श्याम के रंग में
हो गईली मतवाली
रंग गुलाल से चमकत चुनरी
चमकात ओंठ के लाली
देखी अति आनंद मगन मन भईले
करत श्याम ठिठोली
मोहन संग खेलत राधा प्यारी
बरसाने में होली.....

0 Comments