जवन बात बा सवरको में , उ गोर का करी
जवन कई दिही अन्हार , उ अजोर का करी ..।।
लैला सावरे रहल इतिहास हो गईल
पीछे सावरे के केतनन के बिनाश हो गईल
रतिया बतिया अन्हरिया में उ भोर का करी
जवन कई दिही अन्हार , उ अजोर का करी ..।।
रहल सावर कन्हैया तीनों लोक खो गईल
सावर दूल्हा सिया के दिल के रोग हो गईल
शिव के सावर सुरतिया अस बिभोर का करी
जवन कई दिही अन्हार , उ अजोर का करी ..।।
जवन बात बा सवरको में , उ गोर का करी
जवन कई दिही अन्हार , उ अजोर का करी ..।।
-LbMusicEntertainment-
#Manojtiwari,#Bhojpuri,,
#Lbmusicentertainment,,
0 Comments