परतानी पईया मईया रउरे चरण में
बानी अज्ञानी कुछऊ जानी...2
ले ली शरण में
परतानी पईया मईया रउरे चरण में....
जिनगी के नईया मईया लगा दी किनारा
रऊवा शिवा केहू हमार नईखे सहारा
तूही हसावे लू तूही रोवावे लू...2
मनावे लू क्षण में
परतानी पईया मईया रउरे चरण में....
रऊरे कृपा से माई चलत हमार गाड़ी
हम सब के नईखे माई तनको समझदारी
एल बी के नईखे माई तनको समझदारी
कर तानी अरजी तहरे बा मर्जी...2
एगो ललसा बा मन में
परतानी पईया मईया रउरे चरण में....

0 Comments